मनोज द्विवेदी के कट्टा चलिए गइल दुपट्टा पर
-

ManojDwivedi
अभिनेता मनोज द्विवेदी एगो सफल अभिनेता का संगही संग बढ़िया मनईओ हउवन. जवने काम करेले बहुते सोच विचार के आ बढ़िया से.

मनोज द्विवेदी हर किरदार के बढ़िया से कर देखावेले. मनोज आपन कैरियर ‘गंगा मिले सागर से’ फिलिम में नकारात्मक किरदार से शुरू कइलन बाकिर दोसरकिए फिलिम मशहूर निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के ‘कंगना खनके पिया के अंगना’ में अभिनेता विनय आनंद के साथ बतौर नायक आपन हाजिरी दर्ज करा दिहलन. तब से ले के अबले सकारात्मक, नकारात्मक, नायक, सहनायक आ कामेडियन हर तरह के किरदार रूपहला परदा पर जी लिहले बाड़न.

हाल ही में बिहार, मुंबई आ गुजरात में सफलता से रिलीज एम आई राज निर्देशित फिलिम ‘कट्टा तनल दुपट्टा पर’ में बतौर नायक मनोज द्विवेदी अपना ड्रीम गर्ल के खोजत दर्शकन के मन मोह लिहलन. राखी सावंत आ कपूर के बनावल एह फिलिम में मनोज के ड्रीम गर्ल अभिनेत्री श्री कनकनी बनल बाड़ी. साथ में बाड़न रवि किशन, पवन सिंह, शुभी शर्मा, शहबाज़ खान, माया यादव अउर बृजेश त्रिपाठी.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts