महालंठ बन गइलन बिपिन सिंह
-

BipinSingh-Mahalanthaनिर्देशक अभय आदित्य सिंह के फिलिम ‘महालंठ’ में बिपिन सिंह खलनायक के किरदार में लउकीहे. फिलिम में भगवान राय नाम के एगो बरियार विलेन किरदार बा. फिलिम के शूटिंग उत्तर प्रदेश के भदोही जिला में करावल गइल बा.

टीम के लोग बतावत बा कि भोजपुरी सिनेमा में आजु ले अइसन किरदार केहु देखले ना होखी. एह किरदार ला बहुते सोच विचार के अभय आदित्य सिंह बिपिन सिंह के चुनलन. आ उहो बिपिन सिंह के अभिनय देख खुश बाड़न. फिलिम के टाइटल रोल ला सीधा भिड़ंत हीरो कुनाल आदित्य आ खलनायक बिपिन सिंह के बीच बा जवन भोजपुरिया दर्शकन के गुदगुदावत आनंदित करी.

निर्देशक अभय आदित्य सिंह के कहना बा कि ‘हीरो आ विलेन के सीधा टक्कर आ वर्चस्व के लड़ाई निश्चिते ‘महालंठ’ फिलिम ला बढ़िया रही आ दर्शकन के भरपूर मनरंजन होखी’.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts