मोदी कैबिनेट के पहिला विस्तार
-

गोवा के मुख्यमंत्री रहल मनोहर पर्रिकर केन्द्रीय मंत्री का रूप में किरिया लिहलन.

गोवा के मुख्यमंत्री रहल मनोहर पर्रिकर केन्द्रीय मंत्री का रूप में किरिया लिहलन.


नरेंद्र मोदी सरकार के मंत्रिमंडल के पहिलका विस्तार में आजु अतवार का दिने 21 गो नया मंत्रियन के शामिल कइल गइल. एहमें 4 गो कैबिनेट मंत्री, 14 गो राज्य मंत्री आ 3 गो राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार) किरिया लिहले. किरिया धरावे के समारोह राष्ट्रपति भवन में भइल आ राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी एह लोगन के किरिया धरवले.

कैबिनेट मंत्री का रूप में किरिया लेबे वालन में मनोहर पर्रिकर, सुरेश प्रभु, जेपी नड्डा आ चौधरी बीरेंद्र सिंह रहले.

राज्यमंत्री स्वतंत्र प्रभार के रूप में बंडारू दत्तात्रेय, राजीव प्रताप रूडी, आ डॉक्टर महेश शर्मा रहले.

बाकी 14 गो राज्यमंत्रियन में मुख्तार अब्बास नकवी, रामकृपाल यादव, हरिभाई चौधरी, सांवरलाल जाट, मोहनभाई कुंदरिया, गिरिराज सिंह, हंसराज अहीर, रामशंकर कठेरिया, वाईएस चौधरी, जयंत सिन्हा, कर्नल राज्यवर्धन सिंह राठौड़, बाबुल सुप्रियो, साध्वी निरंजन ज्योति आ विजय सांपला शामिल भइले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts