शीतलनाथ शिव मंदिर पूजा अर्चना ला खुल गइल
-

(टटका खबर, बुध, भादो अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी)

जम्मू कश्मीर के आतंकियन का डर से आ ओहनी के हमलन में क्षतिग्रस्त हो चुकल शीतलनाथ शिवमन्दिर के 26 बरीस बाद फेर से पूजा अर्चना करे ला खोल दीहल गइल बा.

कश्मीर के राजधानी श्रीनगर में बनल एह एतिहासिक मन्दिर में काल्हु केंद्रीय राज्य मंत्री प्रह्लाद सिंह पटेल भगवान शिव के एह मंदिर में काल्हु भगवान शिव के दर्शन-अभिषेक कइलन.

साल 1995 में चरारे शरीफ के दरगाह में लागल आग का बाद कश्मीरी आतंकवादी कश्मीर घाटी के सैकड़न मंदिरन में तोड़-फोड़ मचवले रहलें आ कई मंदिरन के जरा दिहले रहले सँ. शीतलनाथ मंदिरो में आग लगावल गइल रहुवे.

एह मंदिर के उल्लेख बरीस 1148-49 में रचित कल्हण के लिखल राजतरंगिणी में शामिल बा. आजादी का लड़ाई में एही मंदिर से आजादी के लड़ाई चलावल जात रहुवे आ गाँधी, नेहरु, आ बलराज मधोक वगैरह अनेके नेता एहिजा सभा कइले रहलें. एही मंदिर से कश्मीरी अखबार मार्तण्ड के प्रकाशन होत रहुवे आ मन्दिर परिसर में हिन्दू हाई स्कूल चलावल जात रहुवे.

साल 1990 में कश्मीर से हिन्दुवन के भदावल गइला का बाद से सुनसान पड़ल एह मंदिर में फेरु चहल पहल शुरु हो गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts