भोजपुरी समाज दिल्ली के स्थापना दिवस समारोह
-

अगिला पच्चीस नवम्बर का दिने दिल्ली का तालकटोरा इंडोर स्टेडियम में भोजपुरी समाज दिल्ली के छप्पनवाँ स्थापना समारोह मनावल जाई.

एह समारोह के मुख्य अतिथि रहीहें भारत सरकार के पर्यटन मंत्री सुबोध कान्त सहाय. उद्घाटन करीहें दिल्ली के मुख्य मंत्री शीला दीक्षित.
कार्यक्रम के अध्यक्षता करीहें राज्यपाल आ केन्द्रीय मंत्री रह चुकल डा॰ भीष्म नारायण सिंह.

कार्यक्रम में सिर्फ ओही लोग के प्रवेश दिहल जाई जिनका लगे भोजपुरी समाज दिल्ली के आमन्त्रण पत्र रही. अइसनका सुरक्षा का खयाल से कइल गइल बा जेहसे कि कवनो खुराफाती समारोह में मत घुस आवे.

एह समारोह में एगो सांस्कृतिक कार्यक्रमो आयोजित होई जवना में मशहूर कलाकार आ गायक मनोज तिवारी मृदुल आ उनुकर साथी कार्यक्रम पेश करीहें.

भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दुबे, वरिष्ठ उपाध्यक्ष पी॰एन॰ पान्डेय अउर के॰ राम, आ महामंत्री एल॰एस॰ प्रसाद हउवें. कार्यक्रम के संयोजक में संजय सिन्हा आ विनयमणि त्रिपाठी के नाम बा.


(स्रोत : समाज सूत्र)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts