बिहार दिवस समारोह के तइयारी
-

मंगल २२ मार्च से शुरु होखे जा रहल तीन दिन के समारोह के तइयारी अब आखिरी चरण में बा. मुख्य समारोह पटना के गाँधी मैदान में होखी आ कुछ कार्यक्रम श्रीकृष्ण मेमोरियल हॉल, तारामंडल, रवीन्द्र भवन आ कालिदास रंगालयो में करावल जाई. एह मंगल के बिहार अपना बनला के निनानबे बरीस पूरा कर के सउवाँ बरीस में डेघ धरी. एह मौका के शानदार ढंग से मनावे खातिर गाँधी मैदान के कवनो दुलहिन जइसन सजावल गइल बा. मोना सिनेमा हाल में भोजपुरी फिल्मोत्सव मनावल जाई त कालिदास रंगालय में नाट्य समारोह. एह मौका पर बिहार के कलाकारन आ जेपी आन्दोलन के खास कार्यकर्ता लोगन के सम्मानित करे के फैसला लिहले बिया सरकार.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts