यू. पी. में ‘टाईगर’ के दमदार प्रमोशन भइल
-

Praveshlal-Tiger-promoभोजपुरी सितारा प्रवेशलाल यादव एह घरी अपना हालिया प्रदर्शित फिलिम ‘टाईगर’ के प्रमोशन खातिर यू. पी. में बाड़ें, एह दौरान प्रवेशलाल शहरे शहर सिनेमा हॉल जाके टाईगर फिलिम के हिट बनवला खातिर दर्शकन के आभार जतावत बाड़ें. जवने शहर में जात बाड़ें ओहिजे बड़हन भीड़ जुट जात बा प्रवेश के देखे ला. एह दमदार प्रोमोशन में प्रवेश अपना दर्शकन से सीधा संवाद बनावत बाड़े आ ओह लोग से आशिर्वाद माँगत बाड़ें.

जान जाईं कि फिलिम ‘टाईगर’ बिहार में सफलता के झंडा गड़ला क बाद अब यू. पी.ओ में रिकार्ड सफलता दर्ज करत बावे. सगरी शहरन में फिलिम दुसरका हफ्ता मे चलत बा. निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा. लि. के बनावल आ सुब्बाराव गोसांगी के निर्देशित एह फिलिम के नायिका हई शुभी शर्मा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts