महीना: अगस्त 2013

मैरवा नवका टोला से अतिक्रमण हटावल गइल

हाई कोर्ट के आदेश के पालन करत प्रशासन सोमार के फजीरे किरिन फूटते जेसीबी मशीन ले के लाग गइल सौ डेढ़ सौ साल से जिला परिषद के जमीन पर कब्जा जमवले मकानन के गिरावे में. देखते देखत दू तल्ला मकान धँसावे ढहावे के काम लाग गइल. पहिले...

Read More

बलिया के लड़िका छपरा कचहरी पर ट्रेन का नीचे आ गइल

कोलकाता से बलिया खातिर चलल बैरिया के ठेकहा गाँव के धर्मेन्द्र सोमार का दिने भोर में छपरा कचहरी का आउटर सिग्नल पर रुकल सियालदह बलिया एक्सप्रेस से उतर के पानी पिए गइल तब ले ट्रेन चल दिहल. हड़बड़ी में ट्रेन पर चढ़े का दौरान उ गिर के...

Read More

अखिलेश के मंत्री मायावती के गुंडी कहले

यूपी के स्वतंत्र प्रभार राज्यमंत्री राजेंद्र सिंह राणा सहारनपुर में लैपटाप बाँटत घरी सहारनपुर में कहलन कि मायावती त गुंडी हई जे गरीबन के धन मुर्तियन में लगा दिहली. मायावती कहत बाड़ी कि सपा में गंडन के राज बा त एहिजा त चार पाँचे...

Read More

नीतीश के एगो मंत्री फेर बदमिजाज बयान दिहले

सारण जिला से विधायक आ सरकार में मंत्री गौतम सिंह अपना सहकर्मियन भीम सिंह आ नरेन्द्र सिंह के राहे कदम कह दिहलन कि उ शहीद के अंतिम संस्कार में ना गइलन त कवन फरक पड़ गइल. कहलन कि चूंकि शहीद के लाश घरे ना चहूंपल रहुवे एहसे उ ओह शहीद...

Read More

कुकुर का चलते साम्प्रदायिक बवाल के अनेसा

पिछला दिने जौनपुर में एगो कुकुर का चलते साम्प्रदायिक माहौल गड़बड़ाइल बुझाइल जब एक जाना के पोसुआ कुकुर दोसरा जाना के बकरी के काट लिहलसि. दुनु तरफ के लोग एह मामिला पर एक दोसरा का सोझा हो गइल. पुलिस ओह कुकुर के पकड़ के थाना ले आइल त उ...

Read More

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..