सुदीप पाण्डे आ मोनालिसा पहिला बेर एक साथे

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार सुदीप पाण्डेय आ गरमागरम सफल अदाकारा मोनालिसा पहिला बेर कवनो फिलिम में एक साथ आ रहल बाड़े. फिल्म के नाम बा “नथुनिया पे गोली मारे” जवना के यशी फिल्म्स आ अजय श्रीवास्तव प्रोडक्शन प्रस्तुत करे जा रहल बा. निर्माता निर्देशक अजय श्रीवास्तव का एह फिल्म में सुदीप पान्डे एगो चोर का किरदार में बाड़न आ मोनालिसा उनकर प्रेमिका का किरदार में. एह फिल्म में एक बेर सुदीप के एक्शन अवतार दर्शकन का सोझा आवे जा रहल बा. सुदीप आ मोनालिसा पर कई गो सुमधुर गाना फिल्मावल गइल बा. एह जोड़ी का अलावा फिल्म में पंकज केसरी, गुंजन पंत, सुशील सिंह, विजय लाल यादव, अवधेश मिश्रा, आ बृजेश सिंह के खास भूमिका बा. गीत संगीत अशोक कुमार दीप के बा. फिल्म के प्रदर्शन एही महीना बिहार में होखे जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।