धोनी से वर्ल्डकप मँगले निरहुआ ब्रदर्स


होली का मौका पर रिलीज निरहुआ ब्रदर्स के नया म्यूजिक अलबम “दबंग होली” में निरहुआ ब्रदर्स के गावल गाना “दे द होली के त्योहारी में वर्ल्ड कप धोनी” पूरा देश में धूम मचवले बा. धोनी सेना से ई अपील बा भोजपुरिया समाज का ओर से कि देश खातिर वर्ल्ड कप जीत ले आवस. “दबंग होली” नाम के एह अलबम के गीत प्यारे लाल यादव आ बिपिन बहार के लिखल बा आ संगीट राजेश रजनीश के जोड़ी के दिहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।