‘पागल प्रेमी’ में विनय आनन्द के खूनी दंगल

भोजपुरी सुपर स्टार आ गायक विनय आनन्द पिछला दू महीना से मुंबई से लापता बाड़े. पहिले ऊ छत्तीसगढ़ के रायपुर में ‘पागल प्रेमी’ बनल देखल गइले आ अब बाहुबली बनि के महाराष्ट्र के औरंगाबाद में ‘खूनी दंगल’ करत बाड़े.

निर्माता नवीन कुमार सिंह आ निर्देशक अजय कुमार के फिल्म ‘पागल प्रेमी’ के शूटिंग छत्तीसगढ़ में भइल रहे. कमाल के एक्शन से भरल एह फिल्म में विनय आनन्द का साथे संगीता तिवारी आ श्रीकनकनी के मुख्य भूमिका बा. एकर शूटिंग करा के विनय आनन्द सीधे ‘खूनी दंगल’ के शूटिंग करे महाराष्ट्र के औरंगाबाद चल गइले. निर्माता संजय कुमार के एह भोजपुरी फिल्म ‘खूनी दंगल’ के निर्देशन श्रीधर शेट्टी करत बाड़े. सुहानी सुहाना फिल्म्स के बैनर तले बनत एह फिल्म के प्रस्तुतकर्ता हउवन कुमार दिवाकर (के.डी.).

कथा सबा मुस्तफा, पटकथा सबा मुस्तफा आ मोहम्म्द रफी खान, संवाद मोहम्मद रफी खान, गीतकार राकेश निराला, संगीतकार राकेश त्रिवेदी, कैमरामैन श्रीनिवास आर. आ मुख्य भूमिका में विनय आनन्द, सुदीप पांडे, दिव्या श्री, अपूर्वा, रोहित सिंह मटरू, मोहम्मद रफी खान, गोपाल राय, सुनीता सिंह, नीरज कल्याण आ उदय श्रीवास्तव बाड़े. विनय आनन्द के भूमिका एह फिल्म में एगो बाहुबली के बा.


( शशिकान्त सिंह के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..