‘‘बिदेसिया’’ हो गइलन निरहुआ

सिनेमा भोजपुरी के जूबिली स्टार दिनेश लाल यादव ‘‘निरहुआ’’ अब ‘‘बिदेसिया’’ हो गइल बाड़न. यशी फिल्म्स आ महुआ मीडिया के बैनर तले बनल आ भिखारी ठाकुर के नाटक बिदेसिया से प्रेरित भोजपुरी फिल्म ‘‘बिदेसिया’’ में बिदेसी के भूमिका निरहुआ करत बाड़न. आ उनुकर नया नवेली कनिया बनल बाड़ी पटना के छवि पाण्डेय. बिदेसी मुंबई जा के ओहिजा जवना लड़िकी का मायाजाल में फँस जात बाड़े ओह लड़िकी के भूमिका करत बाड़ी भोजपुरी के टॉप अदाकारा पाखी हेगड़े. निर्माता अभय सिन्हा के एह फिल्म के निर्देशक हउवें रंजन कुमार सिंह.

बकौल निरहुआ ‘‘बिदेसिया’’ के भूमिका कइल उनुका फिल्मी कैरियर के सबले सुखद क्षण में से एगो बावे.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *