‘‘बिदेसिया’’ हो गइलन निरहुआ

सिनेमा भोजपुरी के जूबिली स्टार दिनेश लाल यादव ‘‘निरहुआ’’ अब ‘‘बिदेसिया’’ हो गइल बाड़न. यशी फिल्म्स आ महुआ मीडिया के बैनर तले बनल आ भिखारी ठाकुर के नाटक बिदेसिया से प्रेरित भोजपुरी फिल्म ‘‘बिदेसिया’’ में बिदेसी के भूमिका निरहुआ करत बाड़न. आ उनुकर नया नवेली कनिया बनल बाड़ी पटना के छवि पाण्डेय. बिदेसी मुंबई जा के ओहिजा जवना लड़िकी का मायाजाल में फँस जात बाड़े ओह लड़िकी के भूमिका करत बाड़ी भोजपुरी के टॉप अदाकारा पाखी हेगड़े. निर्माता अभय सिन्हा के एह फिल्म के निर्देशक हउवें रंजन कुमार सिंह.

बकौल निरहुआ ‘‘बिदेसिया’’ के भूमिका कइल उनुका फिल्मी कैरियर के सबले सुखद क्षण में से एगो बावे.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।