मिथिला टॉकिज दू गो फिलिम शुरू कइलसि

भोजपुरी फिल्म निर्माण कंपनी मिथिला टॉकिज पिछला दिने आपन दू गो फिलिम लांच कइलसि. मिथिला टाकीज एहसे पहिले सुपरहिट ‘गुंडईराज’ आ जल्दिये रिलीज होखे जात फिल्म ‘डकैत’ के निर्माण कर चुकल बिया. नयकी फिलिमन के नाम हवे ‘‘गुमराह’’ आ ‘‘कुर्बानी’’. पिछला दिने एह दुनु फिलिमन के शूरूआत जीप ट्रैक स्टूडियो में कइल गइल.

निर्माता मनोज कुमार चौधरी के एह दुनु फिलिमन में भोजपुरी जुबली स्टार दिनेश लाल यादव ‘‘निरहुआ’’ मुख्य नायक के भूमिका में बाड़न. ‘‘गुमराह’’ के निर्देशन मशहूर निर्देशक बाली करीहें आ एहमें निरहुआ का साथे अंजना सिंह आ प्रतिभा पाण्डे रहीहें. ‘‘कुर्बानी’’ के निर्देशन करीहें अनेके बड़हन हिन्दी फिलिमन में पार्थो घोष के सहायक निर्देशक रहल राजू. कुर्बानी के लेखक हउवें मनोज टाईगर. दुनु के संगीतकार बाड़े राजेश- रजनीश.

‘गुमराह’ मई में आ ‘कुर्बानी’ अक्टूबर में फ्लोर पर जाई.

(प्रशांत निशांत के रपट से)

2 Comments

  1. Arivay Tiwari

    Hello every one and Mithila Talkies mera name Arivay Tiwari ‘Anshu’ hai aur mai pese se ek engineer lekin mai ek safal actor banana chahata hu maine bahut sare stage performence v kiye hai kuchh act classes v kiye hai agar aapke pas koi good opportunity hai to please mere email id tirwari@gmail.com per msg dijiye plz…plz…sir/mam

  2. Arivay Tiwari

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।