बाबा विश्वनाथ क दर्शन पूजन कइली

शूटिंग क दौरान जबो मौका मिलेला डांसिंग क्वीन सीमा सिंह मंदिर गइल ना भुलाली आ लिज्जत खाना उनुका बहुते भावेला. पिछला दिने जौनपुर में असलम शेख निर्देशित फिल्म ‘रखवाला’ के शूटिंग करे गइली त लवटान में बनारस के बाबा विश्वना् के दर्शन पूजन करे चल गइली. साथही गंगा दर्शन कइली आ मंदिर के बाहर निकलली त कचौड़ी खाए एगो होटल में बइठ गइली आ कतना जलेबी कचौड़ी खा गइली खुद उनुको याद नइखे.

सीमा सिंह मां अन्नपूर्णा के दर्शन कइली आ उनुको से मन्नत मँगली. इलाहाबाद के सीमा सिंह हमेशा से बनारस के बाबा विश्वनाथ के दर्शन करे के तमन्ना रखले रही. कहली कि जब मौका मिलल त भागत चल अइली.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।