सांसद प्रभुनाथ सिहं के काफिला संगे हादसा होखे से बाचल

अतवार के साँझ महाराजगंज के सांसद प्रभुनाथ सिंह के काफिला दाउदपुर इलाका के जैतपुर गांव में चैम्पियन पहलवान रहल सीताराम सिंह के सराध में शामिल होखे जात रहुवे. दाउदपुर टीसन के पछिमारा समपार गेट खुलल मिलल त काफिला आगे बढ़ गइल बाकिर एही बीच सिवान का ओर से बाघ एक्सप्रेस धड़धड़ात आवत रहुवे. संजोग नीमन रहल कि एक्सप्रेस के ड्राइवर एह काफिला के देख इमरजेन्सी ब्रेक लगा के गाड़ी रोक लिहलसि आ एगो बड़हन हादसा होखत होखत बाचल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।