जौनपुर में अब्दुल हमीद के बलिदान याद कइल गइल

जौनपुर के कलेक्ट्रेट परिसर मे बनल शहीद उपवन मे आजु हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकन आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता अमर शहीद वीर अब्दुल हमीद के 48वां बलिदान दिवस मनवलें. एह मौका पर मोमबत्ती आ अगरबत्ती जरा के दू मिनट ला मौन रहल गइल. एह श्रद्धांजलि सभा में आइल लोगन के संबोधित करत लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के अध्यक्ष मंजीत कौर याद कइलन कि सन् 1965 मे भइल भारत पाकिस्तान युद्ध का दौरान ऊ कइसे पैंटन टैंकन के ध्वस्त कर के भारत के जीत दिअवलें. एही हमला का बाद ऊ पाकिस्तानी हमला में शहीद हो गइलें. एह मौका पर एह ला अफसोस जाहिर कइल गइल कि शहीद के परिवार के मिले वाला सगरी सुविधा अबले नइखे मिलल.(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।