यु.पी. में निरहुआ के डंका बाजल

भोजपुरी फिलिमन के सुपरस्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के डंका एह घरी पूरे यु.पी. में बाजत बा. यु.पी. में प्रदर्शित भइल निरहुआ के होम प्रोडक्शन फिल्म औलाद हर जगहा धूम मचवले बा आ तिसरको हफ्ता में शानदार कलेक्शन दे रहल बा. शहर चाहे वाराणसी होखो भा गोरखपुर, फाजिल नगर, देवरिया, बलिया, आजमगढ़, सिद्धार्थनगर भा अउरु कवनो. औलाद हर जगहा रिकार्डतोड़ बिजनेस दे रहल बा.

एह फिल्म का प्रमोशन खातिर निरहुआ औलाद के पूरा टीम, पाखी हेगड़े, प्रवेशलाल यादव, शुभी शर्मा, मनोज टाईगर आ अवधेश मिश्रा, का साथे पिछला हफ्ता यु.पी. आ दिल्ली के दौरा पर रहलन. एह दौरान निरहुआ के एक झलक पावे खातिर हजारो लोगन के हजुम उमड़ पड़त रहे. दिल्ली आ मुंबईयो में औलाद बढ़िया बिजनेस करत बिया. एह फिल्म के सफलता से दोसरो निर्माता लोग के भरोसा हो गइल बा कि पारिवारिको फिल्में हिट हो जाले बशर्ते बढ़िया से बनावल जाव. औलाद का माध्यम से भ्रुण हत्या का खिलाफ आ बेटा-बेटी में अंतर करे का खिलाफ माहौल बनावल जा रहल बा. संदेश दिहला का साथे इहो ध्यान राखल गइल बा कि दर्शकन के मनोरंजनो भरपूर होखे.

फिल्म के निर्देशन असलम शेख कइले बाड़न. बिहार में ई फिलिम 5 अगस्त के रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशांत-निशांत)

1 Comment

  1. rajesh gupta

    love you



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।