महंत दिग्विजय नाथ के श्रद्धांजलि समारोह 16 सितम्बर से

मशहूर स्वतंत्रता सेनानी, समाज सुधारक, आ शिक्षाविद. ब्रह्मलीन महंत दिग्विजय नाथ के 44वीं पुण्यतिथि पर सात दिन के श्रद्धांजलि समारोह आगामी 16 सितम्बर से गोरखपुर के गोरखनाथ मंदिर में मनावल जाई. एह श्रद्धांजलि समारोह में देश भर से बहुते संत महात्मा धर्माचार्य आ समाजसेवी शामिल होखीहें.

समारोह के जानकारी सांसद रहल आ गोरक्षपीठाधीश्वर महन्त अवैद्यनाथ पत्रकारन के दिहलें.एह समारोह में अंतिम दिन 22 सितम्बर के स्थानीय महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद आ सम्बद्ध शिक्षण संस्थानन का तरफ से ब्रह्मलीन महाराज जी के श्रद्धांजलि दिहल जाई.

गोरक्षपीठाधीश्वर कहनी कि व्यापक घुसपैठ आ धर्मान्तरण क के अपने देश में राष्ट्रीय समाज के अल्पसंख्यक बनावे के दुष्चक्र चल रहल बा. अइसनका में हिन्दी. हिन्दू हिन्दुस्तान खातिर भर जिनिगी लड़ाई लड़े वाला युगपुरूष महन्त दिग्विजय नाथ के पुण्य स्मरण आज अउरिओ प्रासंगिक हो गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।