गुजरात मे उत्तेजना बढावे के काम काग्रेस कइले रहे कहली मीनाक्षी लेखी

भाजपा. के राष्ट्रीय प्रवक्ता मीनाक्षी लेखी आजु वाराणसी में पत्रकारन से कहली कि गुजरात के दंगा मुसलमान ना कांग्रेसी कइले रहलें. गुजरात मे उत्तेजना बढ़ावे के काम कांग्रेस कइलसि आ अछरंग मढ़ा गइल नरेन्द्र मोदी पर. कहली कि मोदी के शासनकाल मे गुजरात चहुंमुखी प्रगति कइले बा आ अब उनका प्रधानमंत्री बनला पर देशो प्रगति करी.

एगो सवाल के जवाब में मीनाक्षी लेखी कहली कि मोदी के नाम बढ़वला खातिर वरिष्ठ पार्टी नेता लालकृष्ण आडवाणी के कवनो नाराजगी नइखे. एह मुद्दा पर सगरी नेता साथ रहलें आ पार्टी में कवनो बिखराव नइखे. कहली कि अगिला चुनाव में कुशासन, भ्रष्टाचार, आ महंगाई मुख्य मुद्दा रहे वाला बा. राममंदिर का सवाल पर लेखी कहली कि राम मन्दिर निर्माण आस्था के विषय ह आ ई पार्टी के राजनीतिक मुद्दा मे शामिल नइखे.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।