बाइक टकरइला से दू जने के मौत दू जने घवाहिल

जौनपुर जिला के खेतासराय इलाका में मांनी हाल्ट का लगे काल्हु देर रात दू गो बाइक आमने सामने टकरा गइली सँ. एह हादसा में दू गो नवहियन के मौत ठाँवे पर हो गइल आ दू जने घवाहिल हालत में अस्पताल भेजल गइल बाड़ें.

पुलिस बतवलसि कि खेतासराय के मांनी गांव के राजू साहू आ कमरुद्दीन अपना बाइक से घरे जात रहलें जब मांनी हाल्ट का लगे आतिफ आ आमिर के मोटरसाइकिल से टकरा गइलें. एह हादसा में राजू आ कमरुद्दीन के मौत हो गइल. आतिफ आ आमिर के शुरूआती उपचार का बाद वाराणसी रेफर कर दिहल गइल बा.

पुलिस दुनु लाश के पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।