मुंबई में ‘रिक्शावाला’ निरहुआ क जलवा

भोजपुरी सुपरस्टार निरहुआ के नइकी फिलिम ‘रिक्शावाला आई लव यू’ के जलवा बिहार यू. पी क बाद अब मुंबईओ में जारी बा. पिछला शुक का दिने एकरा के मुंबई के 25 गो सिनेमाघर में रिलीज कइल गइल आ हर जगहा एकरा शानदार ओपनिंग मिलल.

निर्माता बिटटू सरदार आ निर्देशक अजय श्रीवास्तव के एह फिलिम के नायिका पाखी हेगड़े हई.उनकी नायिका है।

‘रिक्शावाला’ बिहार-यू॰ पी॰ में चउथको हफ्ता बढ़िया बिजनेस कइलसि. दुर्गा पूजा बेरा रिलीज भइल निरहुआ के ‘एक दूजे के लिए’ फिलिमो बॉक्स ऑफिस पर हिट रहल बिया.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।