अक्षरा सिंह आ खेसारी लाल के जोड़ी धमाल मचवलसि

YeBalmaBiharWalaपिछला हफ्ता रिलीज भइल अक्षरा सिंह आ खेसारी लाल के फिलिम “ये बलमा बिहार वाला” अपना धुँआधार आगाज का साथे दर्शकन के मन मोह लिहलसि. एकरा के बिहार के चौवन गो सिनेमाघरन में रिलीज कइल गइल आ सभत्तर दे्शकन का बीच बड़हन उछाह देखे के मिलल. फिलिम के गाना पहिलही हिट हो चुकल रहली सँ आ अब ओह गीतन के परदा पर देख सुन दर्शको मंत्रमुग्ध हो गइलें.

अक्षरा सिंह आ खेसारी लाल के हिट जोड़ी हालही में भजन सम्राट अनूप जलोटा के फिलिम साइन कइलसि. एह फिलिम के शूटिंग ३१ अगस्त से होखे जात बा. निर्देशक रहीहें सनोज मिश्रा आ अजय झा रहीहें.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *