यू ट्यूबो पर हैदर काजमी आ विशाल तिवारी के जलवा बा

Ladai-posterभोजपुरी सिनेमा जगत के रियल रंगबाज हैदर काजमी जवने करेले ऊ अलग अंदाज के होला आ एही चलते हर निर्माता हैदर काजमी के हर ख़बर पर पैनी नज़र राखेलें आ बाद में ओकरा के फॉलो करेलें. हैदर काजमी पहिला भोजपुरी निर्माता हउवें जे अपना फिलिम ‘लड़ाई’ के मेकिंग यू ट्यूब पर जारी कइले. एहके देशे ना विदेशो में पसंद कइल जा रहल बा.

इहो जान लीं कि भोजपुरी सिनेमा जगत में मेकिंग शूट बहुते कम हो पावेला. एह मेकिंग के ज़रिये हैदर काजमी बतावल चहले बाड़ें कि ‘लड़ाई’ आखिर बनल कइसे.

एह फिलिम के निर्देशक हउवें आनंद डी. गहतराज आ एहमें हैदर काजमी के साथही यंग स्टार विशाल तिवारीओ मुख्य भूमिका में बाड़ें. हैदर के नायिका बाड़ी हॉट आ हॉट नूरी शेख जबकि विशाल तिवारी के नायिका सेक्सी बाला अंजना सिंह बाड़ी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।