“भईल तोहरा से प्यार” खातिर विनय आनंद शूटिंग शुरू कइले

BhaeelTohraSePyarमितवा प्रोडक्शन का बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम “भईल तोहरा से प्यार” के शूटिंग पिछला दिने मुंबई मे शुरू क दिहले विनय आनंद.

निर्देशन शाद कुमार करत बाड़े. एह फिलिम के फुल कॉमेडी आ एकंशन भरल पारिवारिक फिलिम बतावल जात बा.

निर्माता धर्मेन्द्रा मोर्य, गीतकार बबलू, संगीतकार पल कानपुरी, कोरियोग्राफर ज्ञान सिंह, आ डी ओ पी गौरव शाह हउवें.

मुख्य कलाकारन में विनय आनंद, गुंजन पंत, राजू दिनकर, सिमरन कौर, आ आनंद मोहन बाड़े.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।