कानूनी दाँव-पेंच सिखावत बाड़न रंजीत सिंह

RanjitSinghआजुकाल्हु रंजीत सिंह कानूनी दाँव-पेच के बारीकि सिखावत लउकत बाड़ें. पिछला दिने रिलीज भइल फिलिम ‘चरणों की सौगन्ध’ में अभिनेता रंजीत सिंह एगो अइसन वकील बनल बाड़न जे अपना मुवक्किल सुपर स्टार खेसारी लाल यादव के कानून के चंगुल से बचावे ला बेर बेर तरह तरह के कानूनी दाँव-पेंच के इस्तेमाल करत बा. अपना अभिनय से रंजीत सिंह सभकर मन जीत लिहले बाड़न. वकालत करत रंजीत सिंह फिलिम में अभिनेत्री प्रिया शर्मा संगे रोमांसो करत नज़र आवत बाड़न. जाने जोग बा कि बिहार के छपरा जिला के मलमलिया गॉंव के मूल निवासी रंजीत सिंह एम बी ए कइला का बाद कलकत्ता में रिलायंस टेलिकॉम वेबवर्ल्ड कंपनी में बतौर असिस्टेंट मैनेजर के नौकरी कइलन आ बाद में भोजपुरिया माटी से प्रेम का चलते भोजपुरी सिनेजगत में बतौर अभिनेता आपन करियर शुरू क दिहलन. अब ले रंजीत सिंह महुआ टी वी के चर्चित धारावाहिक इम्तिहान, हमार सौतन हमार सहेली का अलावे भोजपुरी फ़िलिम सुगना, अउर दिल ले गईल ओढनिया वाली में अभिनय क चुकल बाड़ें. चरणों की सौगंध फिलिम का बाद रंजीत सिंह के आवेवाली फिलिमन में रणचण्डी, जिला छपरा वगैरह बाड़ी सँ.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।