बिहार देखा दिहलसि कि ओकरा मोदी मंजूर नइखे

बिहार विधानसभा के दस गो सीट ला भइल उपचुनाव में भाजपा लोजपा का खिलाफ राजद, जदयू आ कांग्रेस गठबन्हन के मिलत बड़हन जीत साफ बतावत बा कि बिहार के मोदी मंजूर नइखे. एहिजा बात नरेन्द्र मोदी के ना क के सुशील मोदी के होखत बा. नीतीश का सरकार में सुशील मोदी जे तरह उनकर पिछलगुआ बनल रहलन आ अनेके बेर भाजपा का हित का खिलाफो नीतीश के साथ देत रहलन तवना चलते बिहार भाजपा के समर्थक नइखन चाहत कि भाजपा बिहार में सुशील मोदी का नाँव पर दाँव खेले. उ चाहत बाड़ें कि भाजपा के नेतृत्व कवनो दोसरा नेता के दिहल जाव जे मुख्यमंत्री बने के दावेदार होखो. सुशील मोदी हमेशा से नरेन्द्र मोदी के विरोधी रहल बाड़न आ उनुका के नेता बनावल भाजपा के महँग पड़ जाई.

अबहियों समय बा कि भाजपा चेत जाव.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।