अनुराग सिंह के बन्हलसि बंधन प्यार के

AnuragSinghबिहार के भागलपुर के बूढ़ानाथ चौक के मूल निवासी अनुराग सिंह अब बिहार के भोजपुरिया माटी के महक रूपहुला परदा पर महकइहें. आनुराग के दादा स्व. जागेश्वर प्रसाद सिंह आ पिता मनोज कुमार सिंह थियेटर करत रहलें. ओह लोग के अभिनय देखत अनुरागो का मन में लइकाइएं से अभिनेता बने के चाव जाग गइल रहे. बाकिर पिता के आदेश रहल कि पहिले पढाई पूरा करऽ आ ओकरा बाद जवन करे के मन करे तवन करीहऽ.

अनुराग सिंह स्कूल आ कॉलेज में अपना डांस आ अभिनय से सभकर मन मोह लेत रहलन. पढाई पूरा क के मुंबई के माया नगरी में आ गइलें किस्मत अजमावे आ शुरू हो गइल संघर्ष के सफ़र. एही दौरान फिलिम ‘बंधन प्यार के’ में नकारात्मक बाकिर दमदार किरदार करे के मौका मिल गइल बा.

एह फिलिम के पूरा शूटिंग उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद के खूबसूरत जगहन पर कइल जाई. निर्देशक हउवें अमरेन्द्र कुमार आ कहानी लेखक महेश उपाध्याय, पटकथा आ संवाद लेखक ए बी मोहन, नृत्य गुरू कानू मुखर्जी आ सुदामा मिंज, मारधाड़ निर्देशक हीरा लाल यादव.

मुख्य कलाकार रहीहे जय यादव, ज्योति सिंह, अनुराग सिंह, बबलू खान अउर हीरा यादव.
रामचंद्र यादव

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।