चुनाव खतम होखते शूटिंग में लगले मनोज तिवारी

Rinku-Manojदिल्ली के उत्तर पूर्व संसदीय क्षेत्र से भाजपा के टिकट पर सांसद बनल भोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी चुनाव प्रचार में भाजपा ला रात दिन एक कइले रहलन आ ७८ गो से अधिका चुनावी जनसभा में शामिल भइल रहलें. बाकिर तनिका आराम मिलते मनोज तिवारी फिलिम ‘औरत खिलौना नहीं’ के शूटिंग शुरू क दिहलन. शूटिंग मुंबई के मड आईलैंड आ चांदिवली स्टूडियो में पूरा कइल गइल. नायिका बाड़ी रिंकू घोष.

भोजपुरी सिनेमा के हिट तिकड़ी भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी, नंबर वन अभिनेत्री रिंकू घोष आ जानल मानल निर्देशक असलम शेख वाला इ फिलिम आरएआईएस फिल्म्स के बैनर तर अविनाश रोहरा आ मोहम्मद असलम शेख मिल के करत बाड़ें. कहानी आ पटकथा खुद निर्देशक असलम शेख लिखले त संवाद मनोज कुशवाहा. गीत प्यारेलाल यादव कवि आ संतोष पुरी के बा. संगीतकार धनंजय मिश्रा, कैमरामैन तांबन के., डांस निर्देशक पप्पू खन्ना, आ एक्शन निर्देशक इकबाल सुलेमान हउवें.

कलाकारन में में मनोज तिवारी, रिंकू घोष, मोनालिसा, शैलेश सिन्हा, मौसमी नायक, मोनिका घोष, मालिनी घोष, अवधेश मिश्रा, अयाज खान, आलोक यादव के नाम ब. इम्तियाज असलम के एही फिलिम से परदा पर लांच कइल जात बा जिनका संगे नया नायिका होखी जेकर तलाश अबहीं चालू बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।