खबर भोजपुरी में (सोमार, 22 दिसंबर 2014)

(अतवार, 21 दिसंबर के खबर)

शनिचर का दिने बालिवुड के महानायक अमिताभ बच्चन नई दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से भेंट कइलन.

शनिचर का दिने बालिवुड के महानायक अमिताभ बच्चन नई दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से भेंट कइलन.

  • जबरन धर्मान्‍तरण पर राज्य सरकारन के विफलता देखत संसदीय कार्य मंत्री एम वैकेंया नायडु कहलन कि एकरा ला एगो केन्‍द्रीय कानून बनावे के जरूरत बा. ओने आगरा के ‘घर वापसी’ के जाँच करे गइल उत्तर प्रदेश अल्पसंख्यक आयोग के टीम के कहना बा कि एहमें कवनो तरह के बलप्रयोग ना भइल रहे बाकिर प्रलोभन जरूर दिहल गइल. एही बीच यूपी से धर्मांतरण के एगो अउर खबर सामने आइल बा. आगरे के एतमादपुर तहसील के गढ़ी सम्‍पाती गांव के करीब एक दर्जन परिवारन के हिन्‍दू औरतन के ईसाई बना लिहल गइल बा. एहनी के बेहतर शिक्षा, बचवन ला पक्‍का नौकरी आ नक़द ईनाम के लालच दिहल गइल रहे.
  • डी एम के नेता आ केंद्रीय मंत्री रहल डी. नेपोलियन आज भाजपा अध्यक्ष अमित शाह के मौजूदगी में चेन्नई में भाजपा में शामिल हो गइलन. अमित शाह कहलन कि साल 2016 के चुनाव में भाजपा एगो गठबन्हन बना के बहुमत जीते के कोशिश जी जान लगा के करी. ओने यूपी में कांग्रेस के राज्यसभा सदस्य संजय सिंह के बेटा अनंत विक्रम सिंह अतवार का दिने अपना समर्थकन समेत भाजपा में शामिल हो गइलन.
  • पाकिस्तानी सुरक्षाबल एगो अभियान चला के पाकिस्तान में तीन सौ अतंकियन के गिरफ्तार कर लिहले. एहमें कुछ विदेशी आतंकियो पकड़ाइल बाड़े. पाकिस्तान के फैसलाबाद के जिला जेल में चार गो आतंकियन के मौत के सजा लागू करत फाँसी चढ़ा दिहल गइल.
  • उत्‍तरी भारत में कड़ाका के शीतलहर जारी बा. उत्‍तराखंड के गढ़वाल आ कुमाऊं मे बर्फबारी भइल बा. हिमाचल में बदरी घेरले बा त पंजाब आ हरियाणा में घन कुहा. दिल्ली में ठंडक बढ़ल जात बा. पूर्वंचल में घाम निकलला का बावजूद पाला पड़त बा. बिहारो में शीत लहर के प्रकोप से सभे त्राहि त्राहि करत बा. सोमार ले दिने कई जगहा बदरी घेरले रहे के अनेसा जतावल जात बा. आ बदरी छटला पर शीतलहर अउरी प्रबल हो जाई. कुहा का चलते रेलगाड़ी बहुते देरी से चलत बाड़ी सँ. अनेके रेलगाड़ियन के रद्द क दिहल गइल बा.
  • भाजपा नेता सुशील कुमार मोदी सिवान के सांसद रहल मो. शहाबुद्दीन के लोग पर भाजपा से जुड़ल लोगन के हत्या करे के आरोप लगावत कहलन कि सिवान जेल से 23 लोग के लिस्ट जारी भइल बा जिनकर हत्या करे के बा. एह बात के खुलासा पुलिस अधीक्षक विशेष शाखा के लिखल चिट्ठी से भइल.
  • बिहार सरकार ग्राम कचहरी सचिवन के सेवा विस्तार के मंजूरी दे दिहले बिया. अब संविदा पर बहाल ग्राम कचहरी सचिवन के कार्य अवधि के जरूरत मुताबिक बढ़ावल जात रही.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।