‘बागी भइले सजना हमार’ के शूटिंग में लागल प्रिन्स राजपूत

PrinceRajput
पिछला साल रिलीज सफल भोजपुरी फिलिम ‘फूल और काँटे’ से आपन पहचान बनावे में सफल रहल प्रिन्स राजपूत अनेके फिलिमन के शूटिंग पूरा करवला का बाद अब ओम साईं संसार एंटरटेनमेंट के बैनर तर बनत ‘बागी भइले सजना हमार’ के शूटिंग बस्ती, उत्तर प्रदेश के खूबसूरत जगहन प करावे में लागल बाड़न.

निर्माता विनोद श्रीवास्तव आ राजेश शुक्ला के एह फिलिम के निर्देशक आर के शुक्ला, संगीतकार संतोष श्रीवास्तव, गीतकार श्रीकांत मिश्रा, छायांकन मनोज व्यास, नृत्य राम देवन, संकलन भरत सिंह आ फाइट हिमाल के बा.

फिलिम में प्रिन्स राजपूत का साथे विराज भट्ट, आम्रपाली, एहसान खान, रोशनी वर्मा, सीमा सिंह, रानू पाण्डेय, सूरज कुमार अउर अवधेश मिश्रा मुख्य कलाकार बाड़े.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।