रिंकू घोष अउर संजय पांडे के नया लुक देखे के मिली नगीना में : शूटिंगो पूरा भइल

Nagina-shooting
साईंदीप के बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम ‘नगीना’ में भोजपुरी के अव्वल अदाकारा रिंकू घोष आ अव्वल खलनायक संजय पांडे के एगो नया लुक देखे के मिली. खुद निर्देशक राजकुमार पाण्डेय के कहना बा कि एह लोग के नया लुक पर बहुते मेहनत भइल बा. फिलिम के नायक बाड़न चिंटू पाण्डेय.

वइसे त रिंकू घोष के जोड़ी सगरी स्टारन संगे बढ़िया से जम जाला आ एहु फिलिम में नायक चिंटू पांडे संगे रिंकू घोष रंग जमा देले बाड़ी.

Rinku-Rajkumar-Sanjay-Nagina‘नगीना’ फिलिम के शूटिंग पिछला दिने गुजरात के राजपिपला में करा के पूरा क लिहल गइल बा. आ पोस्टप्रोडक्शन के काम पूरा करा के एकरा के जल्दिए रिलिजो करे के योजना बा. बतावल जात बा कि ई फिलिम सुपरहिट रहल ‘नागिन’ के सिक्वल ह आ इहो वइसने सुपरहिट होखी. फिलिम में कुल एगारह गो गाना बा जवन कि खुबे बढिया बनल बाड़ी स आ लोग एहनी के खूबे पसंद करी.

एकर निर्माता-निर्देशक-संगीतकार राजकुमार आर.पाण्डेय, कैमरामैन फ़िरोज़ खान, कोरिओग्राफर पप्पू खन्ना, फाइट मास्टर सब्बू, आर्ट निर्देशक अवधेश राय हउवें.

कलाकारन में प्रदीप पाण्डेय चिंटू, रिंकू घोष, प्रियंका पंडित, काजल राघवानी, संजय पाण्डेय, सुशील सिंह, गोपाल राय, अयाज़ खान, बालेश्वर सिंह, के.के .गोस्वामी, मंटू लाल, आ मनोज टाइगर खास बाड़े.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा, संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।