‘विजय तिलक’ में अप्रवासी बिहारी का भूमिका में विक्रांत आनन्द

VikrantAnand27 जून के बिहार में रिलीज होखे जात भोजपुरी फिलिम ‘विजय तिलक’ में नायक के भूमिका में बाड़न विक्रांत आनन्द. उनकर किरदार नौकरी के तलाश में आपन राज्य छोड़ दोसरा राज्य चहुॅपल एगो बिहारी नवही के बा.

प्रभु श्री बैनर में बनल आ अभय सिन्हा के पेश कइल फिलिम ‘विजय तिलक‘ के निर्देशन सनोज मिश्रा कइले बाड़न.

अपना भूमिका का बारे में विक्रांत के कहना बा कि ‘एह फिलिम में हमरा किरदार के अनेके कठिनाइयन के सामना करे के पड़त बा बाकिर उ ओह सभ के पार करत आपन मंजिल ले चहुॅपिए जात बा. एह फिलिम मेश दर्शकन के बहुत कुछ नया देखे के मिली. अपना किरदार से हम बहुत खुश बानी आ निर्देशक सनोज मिश्रा समेत सगरी साथी कलाकारन संगे काम क के बढ़िया महसूस भइल.’


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।