गन प्वाईंट पर संजय पांडे

SanjayPandey-gunpoint
भोजपुरी सिनेमा के अव्वल खलनायक संजय पांडे के गन प्वाईंट एह घरी हिट चलत बा.

पिछला दिने जानल मानल निर्देशक दिनेश यादव के फिलिम ‘दीवानगी हद से’ के शूटिंग संजय पाण्डेय खरम कइलन. एह में एगो सीन में संजय पांडे गन प्वाईंट चेहरा पर लगवले लउकत बाड़न.

जान जाइं से एहु साल संजय पांडे के अनेके फिलिम सफलता के डंका पिटले बाड़ी सँ. एहमें देवरा भईल दिवाना, राजा जी आई लव यू, घुस के मारब, कच्चे धागे, निरहूआ हिन्दुस्तानी वगैरह खास बाड़ी सँ.

संजय पांडे के रिलीज होखे वाली फिलिमन में दीवानगी हद से ,जाने मन, अउर दिल भईल दिवाना तोहरे प्यार में खास बाड़ी सँ.

अपना सफलता खातिर संजय पांडे अपना फिलिमन के निर्माता, निर्देशकन आ दर्शकन के धन्यवाद देत कहेलें कि आजु जवन बानी तवन एही लोग से मिलल सहयोग, भरोसा आ प्यार का चलते.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।