निरहुआ पवन के फिल्म खून पसीना

भोजपुरी सिनेमा के दू गो सुपर स्टार, दिनेश लाल यादव निरहुआ आ पवन सिंह, निरहुआ इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति आ शिव फिल्म्स का बैनर में बनल फिल्म खून पसीना में एके साथ आवत बाड़े. “आशिक बनाया आपने” आ “दिल दिया है” जइसन सफल हिन्दी फिल्म बना चुकल बाला भाई एह फिल्म के बनवले बाड़न आ निर्देशन कइले बाड़न भोजपुरी के मशहूर निर्देशक रामाकांत प्रसाद.

फिल्म के कलाकारन में दिनेश लाल यादव निरहुआ, पवन सिंह, पाखी हेगडे, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, अनिल यादव, बिपिन सिंह, हीरा यादव, विनोद मिश्रा, वंदनी मिश्रा, नीरज राज पौडेल आ सीमा सिंह के नाम खास बा. गीतकार बिनय बिहारी, अशोक कुमार दीप, आ प्यारेलाल यादव, संगीतकार अशोक कुमार दीप, लेखक सुरेन्द्र मिश्रा, छायाकार देवेन्द्र तिवारी, आ एक्शन मास्टर हीरा यादव आ निशात खान बाड़े.

बहुते बड़हन कैनवास पर बनल एह फिल्म के भोजपुरी के बड़का फिल्मन में गिनल जात बा. निरहुआ आ पवन सिंह दुनु जने के कहना बा कि दर्शक एह फिल्म के देख के बहुते मजा लीहें.

फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन के काम होत बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।