‘नगीना’ फिलिम में प्रदीप पाण्डेय चिंटू के धमाल आ कुछ अउरो खबर

Chintu-in-Naginचर्चित निर्देशक राजकुमार आर.पाण्डेय के आवे वाली फिलिम ‘नगीना’ के एगो गाना के शूटिंग पिछला दिने मुंबई के चांदीवली स्टूडियो में करावल गइल. गाना के बोल रहे ‘कभी मिलने तो आओ, सावन की नशीली रातो में’. एह शूट के मौका पर चिंटू धमाल मचा दिहलन. गाना जतना बढ़िया सुने आ गुनगुनावे में लागत बा देखहू में ओतने नीक लागी.

वइसे त एह फिलिम में कुल ११ गो गाना बा बाकिर ई गाना बाकी सभ से अलगा आ स्पेशल बा.
(संजय भूषण पटियाला)


VijayPath-team

एस एस फिल्म फैक्टरी के ‘विजय पथ – एगो जंग’ फिलिम एडिटिंग के दौर मे बा. एडिटिंग मुंबई के शकुन्तलम स्टूडियो में हो रहल बा.
(रामचन्द्र यादव)


KhushbuJain-SantoshShrivastav

पिछला दिने ‘बागी भइले सजना हमार’ फिलिम ला एगो गीत मशहूर पार्श्वगायिका ख़ुशबू जैन के आवाज में रिकार्ड करावल गइल. एकर पूरा शूटिंग जल्दिए उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला के खूबसूरत जगहन प करावल जाई.
(रामचन्द्र यादव)


0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।