जलवा अक्षरा सिंह के

Akshara
भोजपुरी परदा पर एह घरी स्टार अदाकारा अक्षरा सिंह के जलवा माथे चढ़ के नाचत बा. अक्षरा के शानदार अदाकारी आ सेक्सी अदा का चलते दर्शकन के प्यार भरपूर मिलत बा.

प्रतिज्ञा-2, करेला कमाल धरती के लाल, बेताब, का बाद अक्षरा के ‘ठोक देब’ फिलिमो के बहुते पसंद कइले बा लोग. एह फिलिम में अक्षरा के नायक पवन सिंह बाड़न. अक्षरा के अदाकारी आ नाच दर्शकन के खूबे नीक लागल बा. फिलिम मुंबई आ बिहार दुनू जगहा शानदार व्यवसाय कइले बिया.

अबहीं अक्षरा मधुबनी में अपना नया फिलिम ‘लूट’ के शूटिंग में व्यस्त बाड़ी. फिर दौलत की जंग, गंगा के लाल काशी विश्वनाथ आ कुछ अउरो फिलिम फ्लोर पर बाड़ी स.


(प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।