Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर : सोमार, 20 जुलाई 2015 (सबेर)
  • हाजीपुर से गाजीपुर जाए वाली नेशनल हाईवे के चार लेन के बनावे के काम शुरु होखे वाला बा. आजुकाल्हु एह सड़क पर चले वाली गाड़ियन के सर्वे हो रहल बा. हालांकि रिविलगंज में एकर का उपाय निकालल जाई इहो देखे जोग होखी काहे कि ओह इलाका में सँसरे के जगह ना मिल पावे पातर रास्ता होखे का चलते.
  • भईंस आ भईंस में फरक होखेला. एगो रहली सँ आजम खान के भईंस कि ओकनी के खोजे ला यूपी पुलिस आनन फानन में लाग गइल आ खोज निकललसि उनुका भईंसियन के. बाकिर तय मानीं कि बलिया जिला के बाँसडीह इलाका के बकवां गाँव के एगो राजभर परिवार के भईँस नइखे मिले वाला. रात में सूतल घरी बदमाश अइलें आ घरवालन के मार पीट के भईंस खोल ले गइलें. बाद में पुलिस चहुँपल जरूर बाकिर ओकरा हाथे कुछ लागे वाला नइखे.
  • वाराणसी में अलग अलग भइल चार गो सड़क हादसा में चार लोग के मौत हो गइल. एहीमें एगो इंजिनियरिंग छात्रो के मौत शामिल बा जवना केस में ओह मोपेड चलावे वाला पर मुकदमा दर्ज हो गइल बा जवना से ठोकर लागल रहुवे.
  • मिर्जापुर के विजयपुर गाँव में अतवार का दिने ठनका गिरला से तीन गो लड़िकन के मौत हो गइल. ई लोग जंगल में पतई बीने गइल रहुवे आ गाछ पर ठनका गिरला से एह लोग के मौत हो गइल. साथे गइल एगो मेहरारुओ बहुते झँउसल बाड़ी जिनकर इलाज चलत बा.
  • सोनभद्र जिला के भुसौलिया गाँव में भईंस चरावे निकलल एगो आदमी आ जुड़वरिया गाँव के एगो नवही के मौत ठनका गिरला से हो गइल. सरईग़ढ़ के एगो आदमी के झँउसे के खबर बा.
  • चंदौली जिला के रेवसा गाँव में ठनका गिरला से धान के रोपनी करत सात गो मेहरारू झउँस गइल बाड़ी सँ. सभन के जिला अस्पताल भेजल गइल बा इलाज खातिर.
  • यूपी के बिजली विभाग में डाक्टरन आ शिक्षकन के बहाली होखे वाला बा. विभाग के अस्पताल आ स्कूलन खातिर ई बहाली कइल जाई.
  • सारण जिला के दिघवारा इलाका के छतरपुर गाँव में एगो घर से लाखो रुपिया के गहना नकदी चोरावे वाला चोरन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. पहिले त एगो चोर के गाँवे वाला धर लिहलें आ पुलिस के सउँप दिहलें. बाद में ओकरा से मिलल जानकारी का बाद दू गो अउरी चोरन के पकड़ल गइल बा बाकिर चोरी के सामान नइखे बरामद हो सकल.
  • सारण जिला के अतरसन पंचायत के मेधू छपरा गाँव के एक आदमी एसपी का लगे लिखित शिकायत कइले बाड़न कि उनुका बेटा के इंटरव्यू पिछला 29 जून के दानापुर छावनी में भइल रहुवे. अब उनुका लगे एगो फोन आइल बा कि फिजिकल, लिखित आ इंटरव्यू में बढ़िया कइला का बावजूद ओकर बहाली ना हो पाई अगर पाँच लाख रुपिया नइखऽ देत.
  • पिछला साल सितंबर में भइल एगो दहेज हत्या का मामिला में सारण जिला के परसा थाना के अन्याय गाँव से एक आदमी के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. एही मामिला में जेल में बंद श्यामनंदन राय के इलाज का दौरान मौत हो चुकल बा.
  • सिवान जिला के हुसैनगंज थाना के सियाड़ीगढ़ गाँव के एगो नवही के सरैया गाँव का लगे ओकरे मोटरसाइकिल पर पीछे बइठल एगो आदमी कनपटी पर सटा के गोली मार दिहलसि. एकरा बाद घवाहिल आ बेहोश ओह नवही के पटना अस्पताल रेफर कर दीहल गइल बा. ओकरा होश में अइला का बाद पता चली कि पीछे बइठल आदमी कवन रहुवे आ कवनाबात पर ओकरा के गोली मरलसि. बतावल जात बा कि मरे वाला के बाप सउदी अरब में नौकरी करेलें आ ओहिजा से दोसरो लोग उनुके खाता में रुपिया भेजत रहेला जवना कि ई नवही ओह लोग का घरे चहुँपा देला. हो सकेला कि एही लेनदेन ले के ई काण्ड भइल होखे.
  • बेगूसराय जिला के बलिया के रहे वाला दू गो मकई व्यापारियन के गरदन रेत के खगड़िया जिला के मथुरापुर नवटोलिया गाँव में शनिचर देर रात हत्या क दीहल गइल. परिवारवाले एकरा पाछे कवनो साजिश के अनेसा जतावत बाड़े.
  • सीतामढ़ी जिला के भवानीपुर गाँव के एगो आदमी के ईद का दिने अपने तीन बरीस के बेटा सोफियान के हत्या के आरोप में गिरफ्तार कर लीहल गइल बा. ऊ अपना दोसरको बेटा आ बीबी के मुआवे चाहत रहुवे बाकिर ऊ लोग भाग के आपन जान बचावल. बतावल जात बा कि ऊ अपना भतीजियो के हत्या कइले रहुवे बाकिर गाँव के लोग ओह मामिला के दबा दिहले रहुवे.
  • ऑस्‍ट्रेलिया लॉर्डस में खेलल गइल दुसरका टेस्‍ट मैच में इंग्‍लैंड के 405 रन से हरा दिहलसि. अब पाँच मैच के एह सीरिज में दुनू टीम एक एक मैच जीत के बरोबरी पर आ गइल बाड़ी सँ.
  • गोवा घूसखोरी काण्ड में तब के दू गो कांग्रसी मंत्रियन पर सन्देह जतवले रक्षा मंत्री मोहन पर्रिकर आ कहलन कि एकर जाँच सीबीआई से होखे के चाहीं काहे कि अंतर्राष्ट्रीय मामिला होखे का चलते गोवा पुलिस एकर जाँच ना कर सके. ई घूस काण्ड कांग्रेसी मुख्यमंत्री दिगम्बर कामत का समय भइल रहुवे.
  • भारत आ रूस मिल के दू सौ सैनिक हेलीकाप्टर ‘केए 226टी’ भारत में बनइहें. एह खातिर तकनीकि दे देबे ला रूस तइयार हो गइल. एकर काम हिन्दुस्तान एरोनेटिक्स लिमिटेड के मिले वाला बा.
  • ग्रीस में पिछला तीन हप्ता से बंद बैंक आजु सोमार का दिने खुले वाला बाड़ी सँ. अब लोग अपना खाता से रोज 60 यूरो का जगहा हप्ता भर में एके बेर 420 यूरो निकाल सकीहें.
  • इस्लामिक स्टेट के कहना बा कि गरदन काटे के काम त जारी राखी बाकिर एकर वीडियो अब से जारी ना करी काहे कि एहसे इस्लामी आतंकियन के निर्दयी चेहरा दुनिया का सोझा आ जात बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *