Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर : बुध, 22 जुलाई 2015 (गदबेर)
  • ना काम कइनी ना करे देब का सिद्धांत पर चलत कांग्रेसी गोल आजुओ संसद ना चले दिहलसि. दिक्कत ई बा कि सरकार हर मुद्दा पर बहस आ चरचा ला तईयार बिया बाकिर कांग्रेस के त बस इस्तीफे चाहीं. लोग ओकरा के हरा के बियाबान में भेज दिहलसि त उहो केहु के आराम से काम ना करे दी. आजु लोकसभा में स्पीकर सुमित्रा महाजन सांसदन के चेतावत कहली कि अगर केहु तख्ती देखावल त ओकरा के बाहर करा दीहल जाई. कहली कि संसद के मर्यादा बनवले राखल जरूरी बा. एह बात पर कांग्रेसी गोल फेरू संसद के बीच में आ गइल आ नारे बाजी करे लागल. ई लोग करिया पट्टिओ बन्हले रहुवे बाँह पर. हल्ला गुल्ला थमत ना देख लोकसभा काल्हु तक खातिर टार देबे के पड़ल.
    राज्‍योसभा में हालात अइसने रहल आ ओहिजो दुनू तरफ के गोल अपना अपना जिद्द पर अड़ल रहल. ओहिजो कवनो काम काज ना हो पावल.
  • आजु विदेश मंत्री सुषमा स्‍वराज एगो ट्विट क के कांग्रेस के एगो बड़का नेता कोयला घोटाला के आरोपी संतोष बागरोडिया के राजनयिक पासपोर्ट दिआवे ला उनुका पर दबाव डाले के कोशिश कइले रहलें. कहली कि समय अइला पर संसद में ओह नेता के नाम जाहिर कर दीहें. सुषमा के ट्विट का बाद सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी के अगुअई में निकले वाला विरोध रैली रद्द कर दिहलसि कांग्रेस आ एकर कवनो कारणो ना बतवलसि.
  • बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु एगो ट्वीट का कइलन कि बिहार के राजनीति गरमा गइल. नीतीश कहलन कि ‘चंदन विष व्यापत नहीं, लिपटे रहत भुजंग’ आ ओकरा बाद लोग पूछत बा कि ई भुजंग के ह? कुछ दिन पहिले लालू नीतीश के तुलना जहर से कइले रहलें त अब नीतीश लालू के सीधे साँप बता दिहलन.
  • मध्‍यप्रदेश में व्‍यापमं घोटाला पर होखत हंगामा का चलते विधानसभा के मानसून सत्र तय समय से नौ दिन पहिलहीं खतम कर दीहल गइल. एह बीच ना त कवनो बहस हो सकल ना सवाल उठावल गइल. हालांकि पाँच गो विधेयक आ अनुपूरक बजट केहू तरह पास करा लीहल गइल.
  • दिल्‍ली महिला आयोग के अध्‍यक्ष का रूप में स्‍वाती मालीवाल के बहाली के दिल्‍ली के उपराज्‍यपाल नजीब जंग नामंजूर कर दिहलन आ सरकार से पूछलन कि बिना उनुका से मंजूरी लिहले ई बहाली कइल कइसे गइल.
  • मुंबई में 1993 के बम विस्‍फोट करावे वाला याकूब मेमन अब महाराष्‍ट्र के राज्‍यपाल का लगे दया के गोहार लगवले बा. सैकड़ों निर्दोष लोग के जान लेबे वाला का तरफ से एह तरह दया खातिर गोहार लगावल अजबे लागत बा.
  • बम्‍बई शेयर बाजार में आजु शानदार उछाल देखे के मिलल आ बाजार तेजी ले के बंद भइल. डालर के मुकाबले रुपिया के दाम में चार पइसा के कमजोरी आइल. आजु सेंसेक्स में 323 अंक आ निफ्टी में 104 अंक के बढ़त दर्ज भइल.
  • अपना मुख्यमंत्रियन पर कांग्रेसी हमला का बाद आजु भाजपा पलटवार कइलसि आ उत्तराखंड के कांग्रेसी मुख्यमंत्री हरीश रावत के एगो आडियो क्लिप जारी क दिहलसि जवना में ऊ एगो शराब कारोबारी से रुपिया के लेनदेन के बात करत बाड़न.
  • तीन दिन से जमशेदपुर में चलत साम्प्रदायिक तनाव का माहौल में आजु कवनो घटना ना घटल आ कर्फ्यू में चार घंटा के ढील दीहल गइल. बाकिर जमशेदपुर के मानगो, आजादनगर, ओलिडीह आ एमजीएम इलाका में ई राहत नइखे दीहल गइल. सोमार का दिने मानगो में एगो लड़िकी से छेड़छाड़ के बाद मारापीटी हो गइल रहुवे आ दू गो समुदाय का बीच तनाव पसर गइल.
  • यूपी सरकार अब अइसन इंतजाम कर दिहले बिया कि पेट्रोल आ डीजल के दाम में होखे वाला कटौती के फायदा लोग मत उठा लेव. पहिले दाम का अनुपात में वैट लागत रहुवे आ दाम कम भइला पर वैटो कम हो जात रहुवे जवना से लोग के बेसी फायदा होखत रहुवे. बाकिर अब लीटर पर वैट लगा दीहल गइल बा आ दमा घटला पर वैट घटे के लाभ ना मिल पाई जनता के.
  • टटका खबर से कवनो तरह के आमदनी ना होखे, एहसे आदमिओ ना राखल जा सके एकरा पर काम करे खातिर. जब समय मिलेला त अपना भोजपुरी प्रेम का चलते एकरा के प्रकाशित करत रहेनी. कमाए खाए वाला कामो पर धियना दीहल जरूरीए होला अतना रउरो सभे मानब आ देर सबेर अबेर कुबेर का चलते होखे वाला दिक्कत के अनदेखी क देब.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *