पवन सिंह के ‘योद्धा’ जोड़ी मधु शर्मा संगे

Madhu-Pawan
हालही में रिलीज भइल फिलिम ‘योद्धा’ में भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह के जोड़ी स्टार अभिनेत्री मधु संगे बनावल गइल बा. पवन आ मधु के जोड़ी एहसे पहिले फिलिम ‘एक दूजे के लिए’ में आइल रहुवे.

मैडज मूवीज बैनर, अभय सिन्हा के परोसल आ निर्माता समीर आफताब के एह फिलिम में पवन-मधु एक दोसरा के प्यार में पागल बाड़ें. दुनू जने पर गानो खूबे रंगदार फिलिमावल गइल बाड़ी सँ. निर्देशक हउवें राज सिप्पी.

फिलिम के कहानी कुछ अइसन बा कि रवि किशन आ पवन सिंह एक लड़िकी मधु शर्मा से प्यार करत बाड़ें. पाखी हेगड़े पर एगो खास गानो डालल गइल बा एह फिलिम में.

बिहार में आइल बाढ़ आ भारी बरखा का चलते ‘योद्धा’ 29 अगस्त के बिहार का सत्तर गो सिनेमा हाॅल में रिलीज कइल गइल.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।