बिहार में हिट हो गइल चढ़ल जवनिया के गीत

सिने प्राइम वर्ल्ड के प्रस्तुति आ निर्मात ऋतुराज पाण्डेय के फिल्म “चढ़ल जवनियां भइले जी के काल” के गीत बिहार में हिट हो गइल आ नवहियन के खूबे नीक लागल बा. फिल्म के सगरी गीत रोमांटिक बावे आ श्याम देहाती आ मुनव्वर आजमी के लिखल ह. एह गीतन के संगीत से सँवारे का काम मुनव्वर आ अनुज मैथ्यूज कइले बाड़े. गवले बाड़न सुमित बाबा, तरन्नुम मल्लिक, उदय नारायण झा, कुमार कांछा, अमर केसरी, रूपेश मिश्र, आ हीना पाण्डेय.

आलोक पाण्डेय के लिखल कहानी पर बनल एह फिल्म के संगीत टी सिरीज पर जारी भइल बा.

फिल्म के कलाकारन में सिद्धार्थ भारद्वाज, तनिषा सिंह, अमन, सुमित बाबा, करन, पूजा, महेन्द्र भटनागर आ माधुरी मिश्रा के नाम बा.


(स्रोत : समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..