निरहुआ के औलाद पचासा लगा लिहलसि

भोजपुरी सिनेमा के सुपर जुबली स्टार दिनेश लाल यादव के होम प्रोडक्शन फिल्म पिछला हफ्ता सीतामढ़ी के शंकर टाकीज समेत बिहार के कई सिनेमा घर में पचास दिन से बेसी चलल आ चलते जात बा.
फिल्म औलाद के सफलता फेर साबित कर दिहलसि कि भोजपुरिया दर्शकन के पारिवारिके फिल्म निमन लागेला आ साफ सुथर फिल्म सफलता के झंडा गाड़ेले.
एह फिल्म के निर्देशन असलम शेख के बा.
फिल्म के पचासा लगवला खातिर पूरा टीम के बधाई आ कामना कि अइसहीं बढ़िया पारिवारिक फिलिम बनावत रहे लोग.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।