पुल पार करत दू गो बहिनन के नदी में गिरला से मौत

जिला के जुगैल इलाका में बियफे का दिने सोन नदी पर बनल कामचलाऊ पुल के पैदल पार करत घरी दू गो बहिनन के गोड़ बिछिला गइल आ दुनू नदी में गिर गइली सँ. छह आ नौ बरीस के एह बहिनन के मौत नदी में डूबला से हो गइल.
प्रशासन के कहना बा कि एह खतरनाक पुल के हटा दीहल रहे बाकिर ओहिजा के लोग एकरा के फेरू जोड़ के एकर इस्तेमाल शुरु कर दिहले रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।