गोकशी आ बीफ का खिलाफ देश के सबले कड़ा कानून

हरियाणा सरकार के बनावल गोकशी आ गोमांस का खिलाफ देश के सबले कड़ा कानून के काल्हु राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी के मंजूरी मिल गइल आ एकरा साथही ई कानून हरियाणा में लागू हो गइल. स्वागत करे जोग बात इहो बा कि एह कानून के समर्थन ओहिजा के इंडियन नेशनल लोकदल अउर कांग्रेस दुनू गोल कइले रहुवे.
एह कानून के लाँघे वाला के तीन बरीस से लेके दस बरीस तक के जेल आ एक लाख रुपिया तक के जुर्माना हो सकेला. एह कानून से हरियाणा में गोकशी, गाय के तस्करी, आ गाय के मांस खइला पर पूरा रोक लगा दीहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।