अगिला साल ले यूपी में पूरा बिजली मिले लागी : अखिलेश यादव

यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु कहलन कि उनका सरकार के कोशिश बा कि अगिला साल अक्टूबर ले राज्य में भरपूर बिजली मिले लागो. कहलन कि साल 2017 में होखे वाला चुनाव से पहिले राज्य के बिजली व्यवस्था सुधार लीहल जाई. शहरन में 18 से 22 घंटा आ देहातन में 16 से 18 घंट बिजली देबे के इंतजाम होखत बा.
अखिलेश यादव आजु जौनपुर मेंं संवाददातालोगन से बात करत में ई बाति कहलन.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।