श्वेता यादव बन्हीहें “दिल के बंधन”
-

अरविंद चौबे के “ओढ़निया कमाल करे”, विवेक राव के “कबो आवे ना जुदाई”, असलम शेख के “तु ही मोर बालमा” जइसन फिलिमन में अभिनय कइला का बाद अब श्वेता यादव के किरणकांत निर्देशित फिल्म “देवदास” प्रदर्शित होखे वाली बा. एह फिल्म में रवि किशन आ अक्षरा सिंह के मुख्य भूमिका बा. श्वेता यादव एहमें एगो खास रोल में बाड़ी. निर्देशक शशि शेखर के आवे वाली फिल्म “दिल के बंधन” से श्वेता के ढेरहन उमेद लागल बा. उनुका उमेद बा कि एह फिल्म के सफलता से उनुका बड़हन फिलिमन के आफर मिले लागी.
बिहार के मुंगेर के रहे वाली श्वेता कड़ा संघर्ष आ मेहनत करके आजु आपन पहिचान फिल्म जगत में बना चुकल बाड़ी. इनकर पिताजी इनका के पुलिस में भर्ती करावल चाहत रहले बाकिर बचपने से सांस्कृतिक कार्यक्रमन में शामिल होत रहल श्वेता आपन फिल्म कैरियर बनावे साल 2007 में मुम्बई में आ गइली. ई कई गो फिलिम साइन कर चुकल बाड़ी जवना में “राजा जी आई लव यू”, “महतो जी के दलान”, “धर्मा”, “जान की बाजी”, “जंगल राज का अंत” वगैरह शामिल बा. श्वेता के कई गो सुपर हिट एलबम टी. सिरीज से रिलीज हो चुकल बा.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला )

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..