जहरीला शराब मामिला में एसओ आ चौकी इंचार्ज ससपेंड

बलिया जिला के सुखपुरा इलाका के धरहरा गाँव में पिछला दिन जहरीला शराब पियला से तीन लोग के मौत आ कई लोग के आँख खराब होखे का मामिला में लापरवाही बरते का चलते एसओ सुखपुरा, हनुमानगंज चौकी इंचार्ज आ धरहरा बीट के सिपाही के सस्पेंड कर दीहल गइल बा.
पिछला बुध का दिने परधानी के चुनाव लड़े वाला एगो प्रत्याशी बाटी मुर्गा के भोज दिहले रहुवे आ देशी शराब के बोतल बँटले रहुवे कि घरे जा के पीहऽ लोग. ओही शराब का चलते तीन जने के मौत हो गइल आ कई लोग के आँख खराब हो गइल बा. बाकिर अबहीं ले ओह प्रत्याशी के नाम सामने नइखे आइल जे जहर बँटले रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।