देश दुनिया : काल्हु से आजु ले (सोमार 23 नवंबर)
  • आजु सोमार का दिने जम्मू से वैष्णो देवी जात हेलीकॉप्टर कटरा का लगे गिरल. सात लोग के मौत.
  • ममता अपना व्यापार शिखर सम्मेलन ला केजरीवाल आ नीतीश के नेवतली.
  • तमिलनाडु सरकार बाढ़ राहत खातिर केन्द्र से 8481 करोड़ रुपिया मँगलसि. मुख्यमंत्री जयललिता कहली कि दू हजार करोड़ त तुरते भेजल जाव.
  • पीएम मोदी आ जापान के प्रधानमंत्री शिंजो अबे 12 दिसंबर का दिने वाराणसी अइहें.
  • मलेशिया में भइल जूनियर एशिया कप खिताब जीते वाली भारतीय टीम के हर खिलाड़ी के एक-एक लाख रुपिया के इनाम देबे के एलान कइलसि हाकी इंडिया. भारतीय जूनियर हॉकी टीम ने हरमनप्रीत सिंह के चार गो पेनाल्टी कार्नर वाला गोल के बदौलत पाकिस्तान के 6-2 से हरा दिहलसि.
  • कांग्रेस के उपाध्यक्ष राहुल गांधी आजु यूपी में कांग्रेस के हवा बनावे खातिर सहारनपुर से पिलखनी ले पैदल सात किलोमीटर के सफर पर निकललन.
  • प्रधानमंत्री बनला का बाद पहिला बेर पीएम मोदी 15 दिसंबर के केरल के यात्रा करीहें. हाल के निकाय चुनावन में केरल में भाजपा के निकहा सफलता मिलल बा.
  • लखनऊ के हजरतगंंज में बापू भवन के 5वां मंजिल पर आजु सोमार का सबेरे भयंकर आग लाग गइल. जानमाल के नुकसान के अबहीं पूरा खबर नइखे मिलल.
  • सोमार के सबेरे चीन के किंग्घई प्रांत में भूकंप के झटका लागल. अतवार देर रात पाकिस्तान में आइल भूकंप के झटका काश्मीर आ दिल्लीओ में महसूस भइल.
  • अर्जेटीना में विपक्षी कंजरवेटिव पार्टी के मॉरिसियो माकरी राष्ट्रपति चुनाव जीत लिहलन. माकरी खुला बाजार के समर्थक हउवन.
  • म्यांमार के चिन शहर के राजधानी हाका में एगो घर में बम विस्फोट होखला का चलते पाँच लोग के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइलें.
  • भारत के टेनिस खिलाड़ी रोहन बोपन्ना आ रोमानिया के फ्लोरीन मेर्गिया के जोड़ी अतवार का दिने साल के आखिरी एटीपी टूर्नामेंट वर्ल्ड टूर फाइनल्स के फाइनल में हार गइल.
  • गुजरात के स्थानीय निकाय चुनाव के पहिला दौर में अतवार का दिने 47 फीसदी मतदान भइल.
  • झारखंड पंचायत चुनाव के पहिला दौर में अतवार का दिने 72 फीसदी मतदान भइल.
  • काशी विश्वनाथ मंदिर में दर्शन करे आवे वाला विदेशियन ला ड्रेस कोड लागू क दीहल गइल बा. अब मंदिर में आवे वाली मेहरारुवन के साड़ी पहिर के आवे के पड़ी. जेकरा लगे साड़ी ना होखी ओकरा के मंदिर का तरफ से पहिरे के साड़ी दीहल जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।