जौनपुर से मुंबई खातिर ट्रेन

काल्हु केन्द्रीय बिजली राज्य मंत्री पीयूष गोयल जौनपुर में ग्रामोदय से भारत उदय कार्यक्रम के तहत पंडित दीनदयाल उपाध्याय ग्रामीण विद्युतीकरण योजना के शुरुआत कइलन. कहलन कि केन्द्र सरकार के योजना बा कि साल 2019 ले यूपी के हर गाँव ले बिजली चहुँपा दीहल जाव. पहिले एकरा के 2022 ला पुरा करे के योजना रहुवे. बतवलन कि पहिला बेर देश में कोयला के रिकार्ड तोड़ उत्पादन भइल बा.

एही मौका पर गोयल इहो बतवलन कि जल्दिये जौनपुर से मुंबई खातिर ट्रेन चलावल जाई जवना से एह ईलाका के लोग के बहुते सुविधा हो जाई.

काल्हुए लखनऊ में आलमबाग बस अड्डा का नियरा लखनऊ मेट्रो परियोजना के निर्माणाधीन खम्भन का बीचे लगावल जात शटरिंग टूट के भहरा गइल जवना से तीन गो मजदूर ओकरा नीचे दबा के घवाहिल हो गइलें. एगो मजदूर अब तब के हालत में बा. एह हादसा के जाँज करे खातिर एदो कमिटी बना दीहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।