साहेब अब तारीखो पर सिवान ना आ पइहें

पत्रकार राजदेव रंजन के हत्या के सुराग सिवान जेल तक गइला क बाद सिवान के खूनख्वाह नेता, राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के भागलपुर जेल भेज दीहल गइल बा। अब उनका के कोर्ट का तारीखो पर सिवान ना ले आवल जाई सरकार अइसनका फैसला कइले बिया।

एह फैसला से सिवान के लोग राहत के साँस ले सकेला बाकिर खस्सी के माई कब ले खर जिउतिया मना पाई।

लालू का सहारा पर जिंदा नीतीश के सरकार कहिया ले साहेब के बान्ह के रख पाई। आ जहिया साहेब सिवान आ जइहैं तहिये हिसाब बरोबर कइल शुरू कर दीहें।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।