बबुआ से थाकल गोल अब बबुनी का गोड़ पर

Vadra-Priyankaतीसन बरीस से युपी में अपना खड़ा होखे क जमीन तलाशत कांग्रेसी गोल अब परिवार के बबुनी का गोड़ पर आ गिरल बा. राहुल गाँधी के आजमा के देख चुकल गोल के नयका रणनीतिकार प्रशान्त के योजना का हिसाब से अबकी का यूपी चुनाव में कांग्रेस के नाय पार करावे के जिम्मा अबकी प्रियंका गाँधी के दिहल जाई. कांग्रेस जीतल त वाहवाही बबुनी क् दीहल जाई आ हारल त आपन मूड़ी फोड़वावे के मंजूरी देबे वाली शीला दीक्षित बड़ले बाड़ी.

बाकिर सोचे के बाति बा कि अगर तुरुप के ई पत्ता बाँवे लाग गइल तब का होखी हो सकेला ओकरो खातिर प्रशान्त का लगे कवनो योजना पहिले से बना के राखल होखे. प्रियंका अपना प्रचार के काम क शुरुआत 29 जुलाई के राजधानी लखनऊ से करे वाली बाड़ी. एह सभा में 60 हजार लोग के भीड़ जुटावे क योजना बा. प्रियंका कुल 100 सभा में भाषण दीहें आ लोगो के पता चल जाई कि इनका लगे इन्दिरा गोँधी के सूरत आ स्टाइले भर बा कि कुछ राजनीतिक दमोखम बा.

सोनिया गाँधी के प्रचार अभियान वाराणसी से होखी जहवाँ एक लाख लोग के बिटोर करे के योजना बा. सोनिया के रैली में प्रियंका, राहुल, शीला, अउर राज बब्बरो मौजूद रहीहें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *